दिल्ली -बिहार ब्यूरो /मोतिहारी के सांसद आउर पहिलका केंद्रीय कृषि मंत्री श्री राधामोहन सिंह जी आपन पैड पर चिट्ठी बनाके केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह जी के कार्यवाही के निहोरा करत भेज देलीं,संस्था के अध्यक्ष सतीश कुमार मिश्र “सांसद “महोदय के हृदय से साधुवाद देत बानीं जा।
कौशलेन्द्र पाराशर /भोजपुरी भाषा के आठवां अनुसूची में डाले खातिर फिर से अभियान शुरू कइल जा रहल बा। अगर, एकरा पर सरकार ध्यान ना दीही त ई अभियान कबो आंदोलन के रूप ले लीही। ई अभियान के शुरुआत एह रूप में कईल गईल ह कि आपन संस्था ‘ रोशनाई ‘ के के।लेटर पैड पर भोजपुरी क्षेत्र के सब सांसद लोगन के निहोरा करत एकगो चीठी भेजल गइल बा। ताकि उ लोग ई मुद्दा के सदन में उठावस। सबसे खुशी ई बात के भईल के हमनी के चिट्ठी मिलते मोतिहारी के सांसद आउर पहिलका केंद्रीय कृषि मंत्री श्री राधामोहन सिंह जी आपन पैड पर चिट्ठी बनाके केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह जी के कार्यवाही के निहोरा करत भेज देलीं। संस्था के अध्यक्ष सतीश कुमार मिश्र, उपाध्यक्ष डॉ लाल बाबू प्रसाद आउर सचिव गुलरेज शहज़ाद सांसद महोदय के हृदय से साधुवाद देत बानीं जा। रउआ सब से भी ई बात के निहोरा बा कि आपन स्तर से रउवो सभे जोड़ लगाईं जा कि आपन ई भासा अनुसूची में शामिल जो जाए। एकर फायदा ई होई कि साहित्य एकादमी पुरस्कार मिलल शुरू हो जाई आउर संसद में में प्रतिनिधि लोगन भोजपुरी में शपथ लेबे लागिहें। भासा के तेजी से विकास होई।